HomeJaunpurकइसे तोहके बताईं...

कइसे तोहके बताईं…

कइसे तोहके बताईं…

देखा बदलल केतना जमनवाँ ना,
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना।

देखै लड़िका कार्टून,
चढ़ल सीरियल कै जुनून,
गायब घर से भयल ऊ अंगनवाँ ना।
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना…

डलिया, चलनी नाहीं सूप,
घर में अईंनी घर-फूँक,
खुल्लम-खुल्ला देखा ओनकर चलनवाँ ना।
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना।

जब से आईल बा मोबाइल,
बदलल सबकर स्टाईल,
दुर्लभ भयल नात-हित, दर्शनवाँ ना।
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना।

दुनिया गाती नहीं लोरी,
वो थी बच्चों की तिजोरी,
बचल डरिया न, झूलबा का झूलनवाँ ना,
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना।

नहीं बचल मूसर-ओखरी,
सूख गईंनी सब पोखरी,
रँडुवा रोवै अब पकड़ के बेलनवा ना।
कइसे तोहके बताईं हम सजनवाँ ना।

रामकेश एम. यादव
‘सरस’ मुम्बई।

 

आधुनिक तकनीक से करायें प्रचार, बिजनेस बढ़ाने पर करें विचारहमारे न्यूज पोर्टल पर करायें सस्ते दर पर प्रचार प्रसार।

 JAUNPUR NEWS: Hindu Jagran Manch serious about love jihad

Job: Correspondents are needed at these places of Jaunpur

600 बीमारी का एक ही दवा RENATUS NOVA

 

 

 

a

Must Read